जोगिरा - डाॅ0 यमुना तिवारी व्यथित
जात पात के कवनो भेद ना सबका के गले लगाईं, सबका घरे बिना बोलवले जाके पूआ खाईं, जोगिरा सरररररररररररर।.....

जोगिरा
-------
जात पात के कवनो भेद ना
सबका के गले लगाईं,
सबका घरे बिना बोलवले
जाके पूआ खाईं,
जोगिरा सरररररररररररर।
होलिया गइले होली में
हर भोजपुरिया भाई,
हर बुढ़उ देवर लागे
हर लुगाई भौजाई,
जोगिरा सररर •••••••
टिकुली सटली सेनुर कइली
कइनी सब सिंगार,
साजन बिना होली कइसन
भइले सब बेकार,
जोगिरा सररर •••••••
राइफल लेले फौजी साजन
सीमा पर रखवार,
होली में ना आवन भइले
राह देखे परिवार,
जोगिरा•••
होली के रंगोत्सव में
सबका के बहुत बधाई,
मुदित भाव से सबका गाल पे
लाल गुलाल लगाईं,
जोगिरा•••
-डाॅ0 यमुना तिवारी व्यथित
What's Your Reaction?






